कहावा में जन्मेले
Kahawa Mei Janme | A New Bhojpuri Bhajan Dedicated to Krishna Rama & Ganesh Sohar
Download Kahawa Mei Janme | A New Bhojpuri Bhajan Dedicated to Krishna Rama & Ganesh Sohar :MP3 | MP4 | M4R iPhone
Kahawa Mei Janme | A New Bhojpuri Bhajan Dedicated to Krishna Rama & Ganesh Sohar -HD Video Download
कहावा में कृष्ण जन्मे हो
के ललना कहावा में जन्मे गणेश ता
तीनो घरवा मंगल होला हो
अयोध्या में जन्मेले रामा ता
गोकुल में कृष्ण जन्मे हो
के ललना पर्वत पे जन्मे गणेश ता
तीनो घरवा मंगल होला हो
कीकरा से जन्मेले रामा ता
कीकरा से कृष्ण जन्मे हो
के ललना कीकरा से जन्मे गणेश ता
तीनो घरवा मंगल होला हो
कौशल्या से जनमेले रामा ता
देवकी से कृष्ण जन्मे हो
के ललना गौरी से जन्मे गणेश ता
तीनो घरवा मंगल होला हो
कीकरा से बनेला रामायण
कीकरा से गीता बने हो
कीकरा से विघ्न हरन होला
तीनो घरवा मंगल होला हो
राम से बनेला रामायण
कृष्ण से गीता बने हो
के ललना गणेशा से
विघ्न हरन होला
तीनो घरवा मंगल होला हो